कौनो भी धर्मनिरपेक्ष देश राज्य के कौनो भी काम कारवाई में धर्म के राजनैतिक भूमिका के कहियो स्वीकार ना करेला र्। इ देश में रहल सब धर्म के साथ बराबर ढंग से व्यवहार करेला आ सब के आदर करेला र्।र् इ कौनो धर्म के लोग के साथ भेदभाव ना करेके दृष्टिकोण राखेला । जवन देश धर्मनिरपेक्ष ना होखे ऊ कौनो एगो धर्म के राज्यधर्म के रूप में मान्यता देवेला आ ओही धर्म के देश के राजनीतिक जीवन में बहुत प्रभावकारी बनावेला । अइसन देश के धार्मिक राज्य कहल जाला । धार्मिक राज्य में धार्मिक नेता लोग देश के राजनीति में निर्देशन देवेके काम करेलन । राज्यव्यवस्था राजनीतिक उद्देश्य पावे खातिर राज्यधर्मद्वारा कायम कइल अनुशासन आ मूल्यमान्यता के अनुसरण करेला । कुछ धर्म में जातजाति के बीच छोट-बड के भेदभाव से भरल भेदभाव करेके भी प्रचलन रहेला । अइसन देश में बाँकी धर्म के कौनो इज्जतना रहेला आ बाँकी धर्म सब के राज्य के तरफ से दबावल जाला । धार्मिक राज्य में शक्ति केस्रोत इश्वर के मानल जाला, जनता के ना। एह नाते से सरकार भगवान आ धर्म के प्रति उत्तरदायी होला, ना कि जनता के प्रति ।
|
Publisher:
CCD/UNDP
,
(2009
) |
Type / Script:
Publication
in Bhojpuri - भोज्पुरि
|
Keywords:
COOPERATION PARTIES, CONSTITUTION MAKING, SOCIAL, CULTURE, POLITICAL SYSTEMS, FEDERAL STATE, DISCRIMINATION, LAW and RULE, CIVIL SOCIETY, POLITICAL POWER, HUMAN RIGHT, PROTECTION, DEMOCRATIC, AUTOCRATIC, MULTIETHNICTY , MULTILINGUAL, SOVEREIGNTY
|
Thematic Group: UNDP
:
Social and Institutional Developoment
|
Thesaurus:
01.01.00
- Political Conditions, Institutions, Movements
|
Reference Link:
|
|
|
** This document has been:
1407
times viewed
761
times downloaded. Feeder:
BIRKHA DHAMI
, Editor:
, Auditor:
View Document History
|
|
|
|