United Nations
Information Centre | Nepal
मानव अधिकार के सार्वभौम घोषणा (Universal Declaration of Human Rights in Bhojpuri language)
PDF File Size: 7.78 MB | Download   
प्रस्तावना
एह से कि मानव परिवार के समूचा सदस्यन के जन्मजात गौरव आ बराबर आ अविच्छिन्न अधिकार के स्वीकृति ही न्याय, स्वतंत्रता आ विश्–शांति के बुनियाद ह,
एह से कि मानव अधिकारन के प्रति उपेक्षा आ घृणा के फलस्वरूप ही अइसन बर्बर कार्य भइल जेसे मानव जाति के नैतिकता पर अत्याचार कइल गइल, एगो अइसन विश्व–व्यवस्था के ओह स्थापना होखे जेमें सर्वसाधारण के सर्वोच्च आकांक्षा अनुरूप मानव जाति के भाषण आ धर्म के स्वतंत्रता आ भय आ अभाव से मुक्ति के उद्घोष कइल गइल होखे,
एह से कि अगर अन्याययुक्त शासन आ अत्याचार के विरुद्ध लोग के विद्रोह करे खातिर— ओकरे के अंतिम उपाय समझके— मजबूर नइखे हो जाएके, त कानूनी शासन द्वारा मानव अधिकारन के रक्षा कइल अनिवार्य बा,
एह से कि राष्ट्रन के बीच मैत्रीपूर्ण संबंध बनावल जरूरी बा,
एह से कि संयुक्त राष्ट्र के जनता लोग बडÞापत्र में आपन बुनियादी मानव अधिकारन में, मानव व्यक्तित्व के गौरव आ योग्यता में आ पुरुष–महिलन के समान अधिकारन में आपन विश्वास के अधिकार–पत्र में दोहरइले बा आ ई निश्चय कइले बा कि अधिक व्यापक स्वतंत्रता के तहत सामाजिक प्रगति आ जीवन के बेहतर स्तर तक बृहत आजÞादी के साथ ऊँचा कइल जाई,
एह से कि सदस्य देश सब अपनेआप ई प्रतिज्ञा कइले बा कि ऊ सब संयुक्त राष्ट्र के सहयोग से मानव अधिकार आ बुनियादी स्वतंत्रता सब के प्रति सार्वभौम सम्मान में बढÞोत्तरी करी,
एह से कि एह सब अधिकार आ स्वतंत्रता के प्रति व्यापक समझदारी एह प्रतिज्ञा के पूर्ण आत्मसात करे खातिर सर्वाधिक मूल्यवान बा,
एह कारण से, अब,
महासभा
घोषित करता कि मानव अधिकारन के ई सार्वभौम घोषणा सभी देशन आ समूचा लोग के समान सफलता बा । एकर उद्देश्य ई बा कि हरेक व्यक्ति आ समाज के हरेक अंग एह घोषणा के अविचल रूप से ध्यान में राखत अध्यापन आ शिक्षा के जरिए ई प्रयास करी कि एह अधिकारन आ स्वतंत्रता सब के प्रति सम्मान के भावना जागृत होखे, आ राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर कुछ अइसन प्रगतिशील उपाय कइल जाए जेसे सदस्य देशन के जनता आ ओह लोग द्वारा अधिकृत प्रदेशन के जनता एह अधिकारन के सार्वभौम आ प्रभावकारी स्वीकृति देवे आ ओकर पालन करावे ।

#UDHR #UDHRTranslation #10516 #10514 #9360 #9361 #9361 #9357 #9359 #9358 #pair
Universal Declaration of Human Rights in Bhojpuri language
Publisher:
UN ,   (2018 )
Type / Script:
Official Document in Bhojpuri - भोज्पुरि
Keywords:
HUMAN RIGHTS, ARTICLES, INDIVIDUAL RIGHTS, UN, UNIC WORK, UDHR TRANSLATION, 1948 DECEMBER 10, LANGUAGE, BHOJPURI
Thematic Group:
 UN : International Peace and Security
Thesaurus:
14.02.02  -  Human Rights
Reference Link:
** This document has been:
2945  times viewed
17  times downloaded.
Feeder: LAMAROHINI7@GMAIL COM , Editor: RAJENDRA MAN BANEPALI , Auditor:

View Document History
Related Topics